Tag: बक्सर

जान लेबे गइले जान देबे पड़ गइल

बक्सर दियरांचल के सिमरी प्रखंड के डुमरी गाँव में आपसी रंजिश का चलते एगो मनबढ़ लंबोदर चौबे अपना साथी ओंकार कुंवर संगे मोटरसाइकिल से आके अपना दुआरी पर बइठल नन्हमुटी कुंवर के ताबड़तोड़ गोलीमार के भाग चलल. बाकिर आगे बालू पर मोटरसाइकिल...

Read More

साली के छेंका करा के लवटत सेना के जवान के हत्या

बक्सर जिला के सिमरी थाना के बलिहार गाँव के ट्यूबवेल का लगे खैरापट्टी गाँव के उपेन्द्र पाण्डेय के बुध का सँझिया गोली मार के हत्या कर दिहल गइल. उपेन्द्र सेना के जवान रहल आ छूट्टी पर आइल रहुवे. खरहाटाँड़ गाँव में अपना साली के छेंका...

Read More

शराब बनावे के गैरकानूनी कारखाना मिलल

बक्सर जिला के बगेन थाना इलाका के मड़िया गाँव में मुरारी यादव का जमीन पर चलत शराब के एगो गैरकानूनी कारखाना पर पुलिस छापा मार के नाहियो त पचास लाख के मशीन आ सामान संगे गैरकानूनी रूप से बनावल शराबो बरामद कइलसि. पुलिस के देखते...

Read More

नर्सिंग होम आ जाँच प्रतिष्ठानन पर अंकुश लगावे के शुरुआत

बक्सर के जिलाधिकारी विनोद सिंह गुंजियाल आदेश दिहले बाड़न कि जिला के सगरी नर्सिंग होम आ निजी अस्पताल, पैथालॉजी, एक्सरे, अल्ट्रासाउंड वगैरह जाँच करे वाला संस्थान आपन संस्था से जुड़ल सगरी जानकारी पन्द्रह दिन का भीतर सिविल सर्जन आफिस...

Read More

रिटायर्ड शिक्षक के हत्या आ व्यवसायी से लूट

शुक का दिने नावानगर इलाका के अतिमी गाँव का लगे एगो रिटायर्ड शिक्षक गुप्तेश्वर मिश्रा के हत्या कर दिहल गइल आ एगो दोसरा शिक्षक रमेश मिश्रा के घवाहिल क दिहल गइल. ई लोग अपना दुनाली बंदूक के सत्यापन करा के लवटत घरी पीएनबी के नावानगर...

Read More

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।