Tag: सारण

अधिका बिजली खपत रोके खातिर बरफ फैक्टरी पर छापा

शुक का दिने बिजली विभाग छपरा शहर के तीन गो बरफ फैक्टरियन पर छापा मरलस आ देखलसि कि एहिजा बिजली खपत मंजूर सीमा से पैंतीस एचपी ले अधिका बा. अब ओह लोग के आपन लोड बढ़वावे के पड़ी आ पिछला बिजली चोरी खातिर जुरमाना समेत भुगतानो करे के...

Read More

सारण जिला में बारह सौ प्लस टू शिक्षकन के बहाली होखी

सारण जिला में 1233 गो प्लस टू शिक्षकन के बहाली होखी. शिक्षा विभाग का तरफ से प्लस टू शिक्षक बहाली के जिलावार रिक्ति जारी कर दिहल गइल बा. 11 जून से 10 जुलाई का बीच अभ्यर्थियन के आवदेन नियोजन इकाई में जमा लिहल जाई आ मेधा सूची जारी...

Read More

नदी में डूब के मौत

सारण जिला के तरैया इलाका के सगुनी गाँव के एगो तेरह साल के लईका गंडक में नहाए घरी डूब गइल. बतावल जात बा कि गाय चराए गइल ई लइका गाय के पानी पियावे नदी किनारे आइल रहे जहाँ अपने नहाए लागल आ ओही घरी डूब...

Read More

जेनरेटर का करेंट से बाप बेटा के मौत

सारण जिला के मकेर थाना इलाका में भाथा गाँव में एगो बिआह का मौका पर जेनरेटर से बिजली सप्लाई होत रहुवे. गाँवे के बिंदा ठाकुर आ उनुका बेटा बादल ठाकुर के मौत एह जेनरेटर के करेंट का चपेटा में पड़ला से हो गइल. बादल ठाकुर के पाँच साल के...

Read More

चिरांद के घाट पर लाश मिलल

सारण जिला के डोरीगंज में चिरांद तिवारी घाट पर शुक का दिने एगो नवही के लाश उतराइल मिलल. लाश के पहचान दयालचक के एगो आदमी के बतावल जात बा जे कुतुबपुर के अजय राय का नाव पर मजदूरी करत रहे. बुध के काम पर गइल तबसे लवटल ना रहे. अब शुक...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।