Tag: सिवान

कोर्ट में पेश शहाबुद्दीन के जयकारा लगवले समर्थक

सोमार का दिने सिवान के सांसद रहल राजद के शहाबुद्दीन के अदालत में पेश कइल गइल त पूरा कोर्टकंपाउंड उनुका समर्थकन से खचाखच भरल रहे. ऊ लोग शहाबुद्दीन आ लालू राबड़ी के जयकार लगावत रहल. कहत रहे लोग कि जल्दिए शहाबुद्दीन बाइज्जत बरी हो...

Read More

लवटत बारात के बोलेरो पलटला से सात जने के मौत अनेके घवाहिल

सिवान जिला के इसुआपुर इलाका के मोरवा गाँव से राजेन्द्र रावत के बेटा अमलेश के बारात सहसराँव गइल रहुवे. बिआह भइला का बाद लवटती बनियापुर के मानोपाली स्कूल का लगे बोलेरो पलटी मार दिहलसि आ सड़का का दोसरा तरफ बारह फुट गहीर गड़हा में गिर...

Read More

बारात में छूरेबाजी से एगो नवही के मौत

सिवान जिला के असांव इलाका के सदलपुर गाँव में आइल बारात में कुछ नवही मोटरसाइकिल के खेल देखावे लगले. बेहुदा तरीका से चलत एह मोटरसाइकिलन से हालात बिगड़े लागल त अपना मामा घरे आइल देवरिया के राजेश कुमार चौहान ओहनी के रोके चहलें त ऊ...

Read More

पचास गो बिआह एके शामियाना तर

सिवान में पिछला सोमार का दिने पचास गो जोड़ा के बिआह राजेन्द्र स्टेडियम में करावल गइल. एह में देवरिया, सिवान, छपरा, आ गोपालगंज के कनिया दुलहा शामिल रहलें. सिवान में पहिला बेर अइसन आयोजन भइल. आयोजक रहलें दुर्गा प्रताप सिंह पप्पू....

Read More

जाँच खातिर चहुँपल इंजीनियरन के पिटाई

सिवान के बड़हरिया में बालापुर उत्क्रमित मध्य विद्यालय के भवन गिरा के ओहपर नया भवन बनावल जात रहुवे. गाँव के लोग देखल कि पुरनके मकान के ईंटा फेर से इस्तेमाल होखत बा आ सही तरीका से मकान नइखे बनावल जात. ऊ लोग विरोध कइल त निर्माण...

Read More

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।