तय ना भइल कि साइकिल के हैण्डल केकरा हाथे लागी


समाजवादी गोल के पारिवारिक झगड़ा सझुराए के नाम नइखे लेत. काल्हु बेटा अखिलेश का तरफ से चाचा रामगोपाल चुनाव आयोग का सोझा डेढ़ लाख पन्ना के सबूत सँउप के असली समाजवादी होखे के दावा कइलन आ कहलन कि साइकिल निशान के असली हकदार उनुके गोल बावे. आजु बाप मुलायम चाचा शिवपाल के संगे गोल के यूपी आफिस प काबिज हो गइलन. मुलायम आ शिवपाल के नामपट्टी आफिस प फेरू लगा दीहल गइल. मुलायम राष्ट्रीय अध्यक्ष वाला आफिस में बइठलन. आ बाद में जब दुनू भाई निकललन त आफिस पर आपन ताला लगवा के गइल ई लोग. पत्रकार लोग पूछल कि विवाद के का हल निकलल त कहलन कि जब विवादे नइखे त तोहन लोग समझौता का खोजत बाड़ ?
बाद में मुलायम दिल्ली ला रवाना हो गइलन जहाँ काल्हु चुनाव आयोग का सोझा आपन दावा परोसीहें. सपा में बाहरी आदमी के नाम से पहचानल जाए वाला अमर सिंह के कहना बा कि अखिलेश का तरफ से जमा भइल हलफनामन प फर्जी दस्तखत लगावल गइल बा जवन जाँच का बाद साबित हो जाई.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।