नोटबन्दी प जदयू के समर्थन अबहियों जारी बा
-


बिहार जदयू के अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह आजु पटना में कहलन कि नोटबन्दी का समर्थन में उनकर गोल अबहियों टिकल बा. एह महीना का बाद हालात पर विचार कइल जाई.
जान जाईं कि जदयू जवना महागठबन्हन में शामिल बा तवना के दू गो गोल – कांग्रेस आ राजद – नोटबन्दी से छनछनाइल बाड़ें. बाकिर जदयू ओह लोग के नाराजगी के अपना ठेंगा प धइले नोटबन्दी के समर्थन देत जरला प नून छिरिके के काम करत बिया.
वशिष्ठ नारायण सिंह कहलन कि नोटबन्दी का चलते होखत परेशानी अब कम होखे लागल बा आ उमेद बा कि एह महीना के बीतत बीतत दिक्कत ओरा जाई.
हालही में पटना में होखत प्रकाशोत्सव में लालू भा सरकार में मंत्री उनुका बेटन के मंच प जगहा ना मिलल रहुवे आ ऊ लोग मंच का सोझा जमीन प बइठत रहुवे. मंच प मोदी आ नीतीश के आपसी मेलजोल देखत बहुते लोग के लागत बा कि हो ना हो कवनो खिचड़ी पाकत बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts