त्वदीयं वस्तु गोविन्दम् तुभ्यमेव समर्पयामि

पिछला कई बरिसन से अँजोरिया के प्रकाशन सम्हारत बहुते ऊँच खाल देखे के मिलल. सबले दिक्कत होत रहल बीच बीच में आवे वाला बाधा से. तरह तरह के उपाय अजमवनी आ हर बेर कवनो ना कवनो समस्या सामने आवत रहल. अबही हाल ही में सर्वर मेंटेनेन्स का चलते एक दिन बारह घंटा ले अँजोरिया परिवार के साइट बन्द रहली सँ.

अलग वेबसाइट राखे के मकसद होला आपन पहिचान बनवले बचवले राखे के. दोसर होला कि अगर वेबसाइट लोकप्रिय हो जाव त कुछ विज्ञापन आय समेटे के. बाकिर भोजपुरी वेबसाइट चला के विज्ञापन से आमदनी के सोचल बेवकूफी रहल. दोसरे इहो सोचनी कि अगर कबो कवनो अइसन समस्या आ जाव कि अँजोरिया परिवार के आगे चलावल मुश्किल हो जाव तब त सगरी सामग्री हमेशा खातिर बिला जाई.

बहुत सोच विचार कर के देखनी त तय कइनी कि काहे ना एगो अइसन जगहा अँजिरिया सामग्री सम्हार के राख दिहल जाव कि हमेशा, संभव तरीका से हमेशा, खातिर एकरा के सहेजल जा सके. एही क्रम में अँजोरिया के अधिकतर सामग्री वर्डप्रेस डॉटकॉम पर डाल देबे के फैसला कर लिहनी.

अब ई फैसला सही रहल कि गलत ई त भविष्य में पता चली. बाकिर अतना त तय कर लिहनी कि अँजोरिया परिवार के वेबसाइटन पर प्रकाशित सामग्री भविष्य खातिर सम्हार लिहल गइल बा.

एह सब का बावजूद अँजोरिया के नयका सामग्री हमेशा एकरा वेबसाइटन पर प्रकाशित होखल करी आ कुछ कुछ समय का अन्तराल पर प्रकाशित सामग्री के वर्डप्रेस डॉटकॉम पर जोड़ दिहल जाई.

एह तरह से भोजपुरी वेबसाइटन में सबले बेसी लोकप्रिय साइटन में से एगो अँजोरिया भोजपुरी समाज के संपत्ति भोजपुरी समाज के सँउप दिहलसि.

त्वदीयं वस्तु गोविन्दम् तुभ्यमेव समर्पयामि

2 thoughts on “त्वदीयं वस्तु गोविन्दम् तुभ्यमेव समर्पयामि

  1. संपादक जी प्रणाम,

    अँजोरिया डॉट कॉम अउर एकर परीवारीक वेबसाइटन पऽ प्रकाशीत भोजपुरी खतिरा दुर्लभ लेख, आलेख, कविता भा कहानी के संभाले के ऐकरा से बढीया दोसरो कवनो उपाय नईखे हो सकत।

    एगो बढीया अउर सार्थक काम कईले बानी रउआ।
    धन्यवाद!

    साक्ष्य

Leave a Reply

Your email address will not be published.

* Copy this password:

* Type or paste password here:

2,935 Spam Comments Blocked so far by Spam Free Wordpress