ओसोल बापेर बेटा के ठोक दीहल लोग

Image Source : ChatGPT
पश्चिम बंगाल के सोनारपुर मोहल्ला में तृणमूल के एगो कार्यकर्ता का घरे गइल अभिषेक बनर्जी के भीड़ लतहेर दिहलसि। मथैला में उनुका के ओसोल बापेर बेटा कह के बोलवला का पाछे उनुकर ऊ ऐतिहासिक भाषण बा जवना में ऊ देश के गृह मंत्री अमित शाह के खुलेआम धमकी दिहले रहलन कि – “आमि अमित शाह के चैलेंज कोरबो जोदि आपनार बूके पाटा थाके आर बापेर बेटा होन चार तारिख कलकताया थाकबेन। बारोह टार पोरे देखा होबे ( हम अमित शाह के चुनौती देत बानी कि अगर छाती में बूता होखे आ अपना बाप के बेटा होखऽ त चार तारीख के कलकाता में रहीहऽ। बारह बजे का बाद तोहरा के देखब.)’ उनुकर भाषण उनुके आवाज में सुने के मन करे त एह लिंक पर क्लिक कर के देख-सुन लीं।
लतहेरइला का बाद ओसोल बापेर बेटा बोललन कि देख लीं सभे ई सब भाजपा वालन के कइल धइल हवे। ई ओकरा लोकतंत्र के उदाहरण हवे। अबहीं एकहू महीना बीतल ना आ पुलिस कतहूं नइखे लउकत। ओहिजा मौजूद तृणमूलियन के कहना बा कि जब अभिषेक बनर्जी चुनाव का दौरान भइल हिंसा में मराइल एगो तृणमूल कार्यकर्ता संजू कर्माकर का घरे आइल रहलन त भाजपाई भीड़ उनुका के घेर लिहलसि आ चोर-चोर के नारा लगावे लागल। उनुका पर शारीरिको हमला कइल गइल। अभिषेको बनर्जी के कहना बा कि हेलमेट ना पहिरले रहतन त उनुकर कपारो फूट गइल रहीत। आरोप लगवले बाड़न कि उनुकर हत्या करे के प्लान बनावल जा रहल बा। कहलन कि ऊ एह मामिला के राज्यपाल का लगे आ अदालतो में ले जइहें।
सभे देखले रहल कि पिछला विधानसभा चुनाव 2021 का बाद कवना तरह से तृणमूल का तरफ से राजनीतिक हिंसा कइल गइल रहल। तब एह लोगन के लोकतंत्र के मर्यादा इयाद ना आवत रहुवे। आ अब जब ओही भाषा में जबाब मिल रहल बा त फेंकरत बा लोग। भुला जात बा कि ओही लोग के करम के फल मिल रहल बा। जइसन बोवले बाड़ऽ लोग तइसने नू फसल होखी।
हालांकि सवाल उठावल जा रहल बा कि जाए से पहिले पुलिस के सूचना दीहले रहलन कि ना? का पहिलहीं से कवनो प्लान रहल कि हेलमेट पहिर के गइल रहलन ? ई त जाँचे का बाद पता लागी कि हमला विरोधियन का तरफ से भइल रहल कि प्रायोजित रहल। रेघरियावे जोग बा कि ममता बनर्जी दू जून का दिने कोलकाता में विरोध प्रदर्शन करे वाली बाड़ी आ हो सकेला कि ओकरे ला माहौल बनावल जा रहल होखे।
साँच का बा से त जाँच का बादे पता चली। आ पुलिस के एह मामिला के गंभीरता से लेबे के चाहीं।


0 Comments