एक बेर फेरू से रिक्शावाला बनलन निरहुआ

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ एकबेर फेरू रिक्शावाला बनल नजर अइहें. वाहेगुरू मूवीज के बैनर तले बनत ‘‘रिक्शावाला आई लव यू’’ में निरहुआ माथ भूमिका में बाड़न. निरहुआ एगो बेरोजगार नवही बनल बाड़न जवन आपन जीविका चलावे ला रिक्शा चलावत बा बाकिर सुभाव अइसन कि हर आदमी के सहयोग ला हरदम तइयार. एहु फिलिम में निरहुआ के नायिका बाड़ी स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े.

निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. के एह प्रस्तुति के निर्माता हउवें बिहार आ मुंबई के मशहूर वितरक बिटटू सरदार. कथा-पटकथा लेखक आ निर्देशक अजय श्रीवास्तव, गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि’ आ मनोज मतलबी, संगीतकार राजेश रजनीश, एक्शन आर. पी. यादव, नृत्य रामदेवन, अउर छायांकन हीरा सरोज के बा.

कलाकारन में निरहुआ आ पाखी हेगड़े संगे किरन यादव, अनुप अरोड़ा, प्रकाश जैश, अनामिका, संजय पाण्डेय, आशा शर्मा, संतोष श्रीवास्तव, धामा वर्मा, राकेश यादव आ अवधेश मिश्रा शामिल बाड़ें.

बकौल निरहुआ ‘‘रिक्शावाला आई लव यू’’ संपूर्ण मनोरंजक फिल्म हवे जवना के हर वर्ग के दर्शक पसंद करीहें. फिल्म दुर्गा पूजा पर रिलीज होखी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *