विराज-मोनालिसा के ‘खुद्दार’

भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ हॉट गर्ल मोनालिसा के सुपरहिट जोड़ी अब ‘खुद्दार’ में नजर आई. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट प्रस्तुत आ द् एंगल क्रिएशन के बैनर तले बनल फिल्म ‘खुद्दार’ में विराज-मोनालिसा पर एक से बढ़के एक सुपरहिट गाना आ हॉट सीन फिल्मावल गइल बा. निर्माता दिनेश चौबे के एह फिल्म में विराज भट्ट रोमांस का संगही खतरनाक एक्शन अउर शानदार अभिनयो कइले बाड़न.

पटकथा-लेखक आ निर्देशक हउवें रवि सिन्हा. कोमल ढिल्लन, माया यादव, अली खान, विनोद मिश्रा, आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा. सीमा सिंह पर फिल्मावल एगो शानदार आईटम गीतो बा एहमें. संगीतकार हउवें राजेश गुप्ता, गीतकार कमल किशोर राजू, चंद्रभूषण तिवारी, संवादलेखक राजेश पाण्डेय हउवें.

एकरा के एही महीना रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..