सुरों का महासंग्राम के विजेता बनलें अरूणदेव यादव
-

भोजपुरी चैनल महुआ टीवी के लोकप्रिय शो ‘सुरों का महासंग्राम’ के विजेता के ताज झारखण्ड के अरूणदेव यादव का माथे चढ़ल जे बिहार के प्रतीक राज के आठ हजार वोट से हरा दिहलें. पटना के बी.एम.पी. ग्राउण्ड से लाइव कार्यक्रम के ग्रैण्ड फिनाले में यु.पी. के कल्पना तिसरका जगहा रहली.

पचास हजार लोग का मौजुदगी में भइल एह फिनाले में मनोज तिवारी, निरहुआ, पाखी हेगड़े, संभावना सेठ, प्रवेशलाल, शुभी शर्मा, उत्तम तिवारी, संगीतकार धनंजय मिश्रा, सतीश, अजय, गायक मोहन राठौर, ममता रावत आ आलोक कुमार रंगारंग कार्यक्रम पेश कइलें.

शुभी के ठुमका के दिवाना भइल पटना

अदाकारा शुभी शर्मा के लगावल ठुमका पटना के आपन दिवाना बना लिहलसि. एह परफारमेंस में उनुकर जोड़ीदार रहलें प्रवेश लाल. बैकग्राउंड में बाजत रहल “दिलवालों के दिल का करार लूटने मैं आई हूं यूपी बिहार लूटने” आ दोसरका गौत रहल “बोले दिल के मुर्गा कू कू..”

एह कार्यक्रम के मुख्य अतिथि रहलें बिहार के मुख्यमंत्री नितीश कुमार आ महुआ के सी.एम.डी. पी.के. तिवारी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts