अखिलेश सरकार पन्द्रह गो आतंकियन पर से मुकदमा हटवलसि

मुसलमानन से कइल आपन चुनावी वादा पूरा करे खातिर कवनो सीमा ले जाए क तइयार अखिलेश यादव पन्द्रह गो आतंकियन पर से मुकदमा हटावे के फैसला ले लिहले बाड़न आ बाकी चौदह गो अउर आतंकियन पर से मुकदमा हटा लेबे के तइयारी चलत बा. अखिलेश सरकार के एह फैसला से ओह आरोपियन के अपना के निर्दोष साबित करे के मौका ना मिल पाई आ ओह लोग पर लागल दाग हमेशा ला रह जाई. सरकार के चाहत रहुवे कि ओह मामिलन के सुनवाई तेजी से करवाइत आ निर्दोष साबित हो गइला का बाद एह आरोपियन के इज्जतदार मुक्ति दिआ दीत. बाकिर शायद सरकार के लागल कि ओह आरोपियन पर मामिला अतना पोढ़ बा कि न्यायालय से मुक्ति दिआवल मुश्किल हो जाई एहसे साम्प्रदायिक सौहार्द आ जनहित का नाम पर एह तरह के फैसला लिहले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।