दलित स्मारक घोटाला में नसीमुद्दीन आ बाबूसिंह पर लोकायुक्त के फाँस

चौदह अरब से अधिका, १४,१०,५०, ६३,२०० रुपिया, के दलित स्मारक घोटाला के शिकायत के जाँच कइला का बाद यूपी के लोकायुक्त मेहरोत्रा मायावती के बेदाग बता दिहले बाकिर उनुका दू गो मंत्रियन के दोषी बतावत एह लोग से वसूली के सलाह दिहले बाड़न. घोटाला के साठ फीसदी हिस्सा एह दुनु मंत्रियन से वसूले के सिफारिश कइले बाड़न लोकायुक्त. एह मामिला में कुल १९९ लोग पर आरोप लगावल गइल ब. सपा प्रवक्ता राजेन्द्र चौधरी कहलन कि दोषियन के हर हाल में जेल जाए के पड़ी.

0 Comments

Recent Posts