एबीपी नेल्सन के सर्वे में राजग के फायदा मिलत लउकत
-

पिछला दिने एबीपी नेल्सन के सर्वे के परिणाम एबीपी न्यूज में देखावल गइल जवना में बतावल जात बा कि राजग के २०६ सीट मिल सकेला अगिला लोकसभा चुनाव में. संप्रग के हर जगह नुकसान मिलत देखावल गइल बा आ सबले अधिका फायदा इलाकाई गोलन के मिलत लउकत बा. बिहार का मामिला में सबले मजेदार परिणाम निकलल बा कि अगर जदयू भाजपा गठबन्हन टूटल त दुनु पार्टी के नुकसान होखी आ नीतीश के सपना जरूर टूट जाई. काहे कि अगिला लोकसभा में अधिका से अधिका सीट जीत के आवे खातिर उनका भाजपा से गठबन्हन बनवले राखे के पड़ी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts