आखिर ई पंचोरी लोग हऽ के ?


पेशा से बिल्डर रहल रमेश पंचोरी आ फूलचन्द पंचोरी राजस्थान के व्यवसायी हऽ जेकरा बिहार का नामे से डर लागत रहे. भोजपुरीओ से कवनो नाता ना रहे बाकिर भोजपुरी फिल्मो बना डालल लोग आ बिहारो घूम लिहल. अब हाल ई बा कि कहत बा लोग कि साल में तीन चार बेर बिहार गइल पसन्द करी लोग काहे कि बिहार के सीधा सादा लोग आ संस्कृति एह लोग के रास आ गइल बा. एह लोग के बनावल भोजपुरी फिल्म “करंट मारे गोरिया” जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. एह लोग के कहना बा कि फिल्म में पारिवारिक मनोरंजन बा आ साथ ही साथ कुछ सीखहू के मिली. मारुती क्रिएशन का बैनर में बनल एह फिल्म के निर्देशन टी बॉबी सिंह कइले बाड़न आ संगीत बिपिन बहार के हऽ. गीत प्यारेलाल यादव कवि आ फणीन्द्र राव के लिखल बा. फिल्म के मुख्य कलाकारन में विजय लाल यादव, बॉबी सिंह, अजय दीक्षित, उमेश सिंह, फूल सिंह, राजेश मोदी, उपासना सिंह, वर्षा तिवारी, महक मल्होत्रा, रीतू मेहरा, मल्लिका मल्होत्रा वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।