गुंजन पंत के धमक अब छोटको पर्दा पर


भोजपुरी सिनेमा के मशहूर अदाकारा गुंजन पंत के धमक अब छोटको परदा पर सुनाये लागल बा. एह साल उनुकर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” के मिलल शानदार सफलता का बाद गुंजन का लगे बधाईं के ताँता लागल बा. अब गुंजन पंत के चर्चित धारावाहिक “साक्षी” में एगो महत्वपूर्ण भूमिका मिलल बा. लड़की पढ़ल चाहत बिया बाकिर ओकरा घर के लोग ओकरा के पढ़ावे के नइखे चाहत. ओह लोग का हिसाब से लड़कियन के ढेर पढ़ला से कवनो फायदा नइखे. फिल्मन में व्यस्तता का बावजूद गुंजन एह धारावाहिक के चुनौती वाली भूमिका खातिर खुशी खुशी तइयार हो गइल. उनुकर कहना बा कि डेली सोप में आपन अभिनय क्षमता देखावे के ढेर मौका मिली. गुंजन भोजपुरी फिल्म “रामलखन” के शूटिग हालही में पूरा कइली आ उनुकर पाँच गो अउरी फिल्म अबही फ्लोर पर बा. मनोज तिवारी का साथ गुंजन पंत के फिल्म “यादव पान भण्डार”जल्दिये रिलीज होखे वाला बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..