आम औरत का भूमिका में रिंकू घोष

भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल चेहरा रिंकू घोष जिनिगी के जद्दोजहद से अझूरात आ महँगाई से परेशान एगो आम औरत का किरदार में नजर अइहन. नायिका प्रधान भोजपुरी फिलिम “सईंया ड्राइवर बीबी खलासी” के खलासी बनल नायिका रिंकू घोष हमेशा से चुनौती वाली भूमिका करत आइल बाड़ी. एह फिल्म के निर्देशन अंजनी कुमार के बा. पिछला दिने रिलीज रिंकू घोष के फिल्म आखिरी रास्ता आ दुश्मन सफल फिल्म रहली सँ आ उमेद बा कि इहो फिल्म ओही पाँत में शामिल रही.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।