सुशील सिंह के तुती बोलत बा
-

भोजपुरी सिनेमा में आजुकाल्हु सुशील सिंह के तुती बोलत बा. एगो फिल्म पूरा नइखे होत तबले दोसर शुरु हो जात बा. डा॰ वजाहत करीम के फिल्म “केहु हमसे जीत ना पाई” का शूटिंग से लवटले कि इकबाल बख्श का निर्देशन में बनत फिल्म “रामलखन” के शूटिंग शुरु हो गइल. एह फिल्म में उनुकर नायिका बनल बाड़ी अनारा गुप्ता. एकरा बाद शुरु हो जाई उनुकर “अग्निकुण्ड”. दू दर्जन से बेसी फिलिमन में आपम जलवा देखा चुकल सुशील सिंह अगिला फिल्म “फौलाद” में पुलिस इंसपेक्टर का किरदार में नजर अइहें.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts