संजय पाण्डेय बनलन कातिया सेठ
-

आपन लुक आ स्टाइल बदले में माहिर भोजपुरी खलनायक संजय पाण्डे के दर्शक भोजपुरी फिल्म “बजरंग” में कातिया सेठ से मिलत जुलत किरदार में देखीहें. हिन्दी फिल्म घातक में कातिया सेठ के किरदार डैनी डेंग्जोपा कइले रहले आ अब वइसने लुक में आ रहल बाड़न संजय पाण्डेय. जबकि फिल्म के घातक से कवनो नाता नइखे. बजरंग के निर्माण “गइल भईंसिया पानी में” आ “पायल” बना चुकल निर्माता जीतेन्द्र प्रताप सिंह कइले बाड़न. नंद किशोर महतो का निर्देशन में बनल एह फिल्म पर निर्माता दिल खोल के पइसा खरचले बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts