एगो अउरी बगावत क आग लहकल मुहूर्त भइल एक और बग़ावत की आग के

सिस्टम लोग खातिर बनल भा बनावल जाले, बाकिर सिस्टम क हिसाब से लोग ना बनावल जा सके. जबहिए अइसन कोशिश होखि त बगावत त होखबे करी. इहे संदेश ले के आवत बा निर्देशक दिनेश मिश्रा के अगिलका फिलिम “एक और बग़ावत की आग”. निर्माता बलराम सी शर्मा अउर सुनील दतिया के एह फिल्म क म्यूजिकल मुहूर्त हाल ही में धूम-धाम से मुंबई का कृष्णा स्टूडियो में कइल गइल. एह मौका पर गायिका रेखा राव, अलका झा आ आलोक कुमार क अलावे फिल्म के कलाकार कल्पना शाह, शुभी शर्मा, कृष्णा पाण्डेय वगैरह मौजूद रहलें.

ट्रिनिटी एंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत एह फिल्म में विजयलाल यादव, कल्पना शाह, मणिराम शर्मा, काजल, शुभी शर्मा, कृष्णा पाण्डेय जइसन सितारा आपन जौहर देखइहें. कहानी आ पटकथा विंध्या शुक्ला के बा, संगीत बावे माणिक दा के.


(स्पेस क्रिएटीव मीडिया के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।