कसम मैया की – में सीमा सिंह के आईटम डांस

SeemaSingh
प्रेम रामचेला प्रोडक्शन के बनावल भोजपुरी फिलिम ‘कसम मैया की’ में सीमा सिंह के नया जलवा देखे के मिले वाला बा.

हाल ही में एह फिलिम खातिर सीमा सिंह पर एगो खूबसूरत आईटम गीत फिल्मावल गइल जवना के कोरियोग्राफी नृत्य-निर्देशन केदार सुब्बा कइलन. एह गीत में सीमा सिंह के साथे रामा मेहरो के भागीदारी बा.

फिलिम के निर्माता हउवें प्रेम सिन्हा आ ज्ञानदास गुप्ता. लेखक-निर्देशक रामा मेहरा, संगीतकार राजेश घायल, एक्शन मास्टर दर्शन सिंह, नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा अउर नरेन्द्र शर्मा हउवें आ छायांकन विनोद जैन कइले बाड़न.

मुख्य कलाकार बाड़ें प्रेम सिन्हा, ज्ञानदास गुप्ता, बृजेश त्रिपाठी, महेश राज, गुरवचन सिंह, अली खान, देव मल्होत्रा, पूजा, शिव्या, मनीषा व्यास आ रामा मेहरा.

एह आईटम गीत के फिल्मांकन का साथही ‘कसम मैया की’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम होखत बा.

फिलिम दूगो दोस्त – किशन आ अर्जुन – के कहानी ह. किशन राधा से प्यार करत बाड़न त अर्जुन कोमल से. बाकिर बीचे में आ टपकत बाड़ी एगो बिगड़ैल रईसजादी माया. इनकर दिल किशन पर आ जात बा. आ जब माया के मायाजाल में किशन नइखे फंसत त ओकरा के एगो मर्डर केस में फंसा दीहल जात बा.
एह केस से किशन कइसे निकलत बाड़न आ माया के का होखत बा से फिलिम में देखल जाई.


(समरजीत)

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।