भोजपुरी सिनेमा कलाकार जाली नोट चलावत धराइल
-

भोजपुरी फिलिम शहंशाह के सह कलाकार कमलेश यादव के बुध का दिने सारनाथ में पाँच सौ रुपिया के जाली नोट चलावे का आरोप में गिरफ्तार क लीहल गइल.

आनन्द डी गहतराज के निर्देशन में बनत फिलिम के शुटिंग आजुकाल्ह सारनाथ के रंगीलदास पोखरा पर चलत बा. ओही में काम करत कलाकार जौनपुर जिला के मंड़ियाहू के रहे वाला कमलेश यादव अपना एगो संघतिया करन यादव का संगे बाजार में एगो फल का दुकान पर फल खरीद के पाँच सौ के नोट दिहलसि त दुकानदार ओकरा के जाली बतवलसि. त फेर ऊ दोसर नोट निकललसि आ उहो जाली रहे. जब ओकरा बंडल के तिसरको नोट जाली निकलल त दुकानदार हल्ला मचा के ओकरा के धर लिहलसि. पुलिस जब कमलेश के तलाशी लिहलसि त साढ़े उनचालीस हजार के जाली नोट आ बारह हजार के असली नोट मिलल. ओकरा लगे से एक दर्जन ले एटीएम कार्डो बरामद भइल बा.

पुलिस आनन्द डी गहतराज से पुछलसि त ऊ कमलेश के त चिन्हार बतवलन बाकिर करन के जाने से इंकार क दिहलन. पुलिस कमलेश आ करन के हिरासत में ले के पूछताछ करत बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts