छपरा के भिखारी ठाकुर चौक पर लड़िका कचराइल

सोमार के गदबेर में भिखारी ठाकुर चौक पर एगो ट्रक बाइक से जात एगो लड़िका के धक्का मारत अपना चपेट में ले लिहलसि जवना से ओह लड़िका के टँगड़ी टूट गइल. ट्रक ड्राइवर ट्रक छोड़ के भाग पराइल. अगल बगल के लोग ओह लड़िका के सदर अस्पताल चहुँपवले जहाँ मरहम पट्टी के बाद ओकरा के पटना अस्पताल खातिर रेफर कर दिहल गइल. लड़िका के नाम अवध किशोर सिंह बतावल जात बा. पुलिस ट्रक के जब्त कर लिहलसि.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।