देवरिया पुलिस एकमा से छह जने के गिरफ्तार कइलसि

सोमार के देवरिया पुलिस एकमा के हरपुर गाँव आ सिवान जिला के सिसवन नोनिया पट्टी से कुल मिला के छह लोग के पकड़ ले गइल. एह लोग पर देवरिया के एगो लड़िका के अपहरण आ फिरौती वसूलला का बादो हत्या कर देबे के आरोप बा. गिरफ्तार लोग में अंजन तिवारी देवरिया के रामगुलाम टोला के काशी नाथ तिवारी के लड़िका निखिल के नौकरी लगवावे का नाम पर एकमा ले आइल आ पहिले त नौकरी खातिर घूस अपना खाता में जमा करवलसि आ फेर फिरौती माँगे लागल. ओह लड़िका के सिसवन का लगे मार के फेंक दिहल गइल. एह मामिला में सिसवनो के दू जने, उमेश तिवारी आ अभिषेक तिवारी, शामिल रहले. गिरफ्तारी का बाद लोकनाथ पंडित सगरी कहानी बक दिहल बतावत जात बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..