जिला परिषद के बइठक हंगामा का बीच पूरा भइल
-

दस महीना बाद होखत सारण जिला परिषद के बइठक हंगामा का बीच केहू तरह पूरा भइल. जिला परिषद अध्यक्ष मेहनाज खातून पर योजना बनावे, चुने में धाँधली करे के आरोप लगावत पार्षद लोग उनुका से इस्तीफा माँगत रहुवे. पार्षद लोग के कहना रहे कि हर पार्षद का इलाका में बरावबर बराबर खरच कइल जाव, एहमें पंचायत अध्यक्ष के मनमानी ना चले के चाहीं. एक बीच त हंगामा से परेशान मेहनाज जिलाधिकारी का लगे गइली बाकिर जिलाधिकारी अपना कार्यालय में मौजूद ना रहलें से फेर लवट अइली.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..