जब रो दिहलन विराज भट्ट

VirajBhatt-DaulatKiJung-team
भोजपुरी एक्शन स्टार विराज भट्ट इमोशनो करे में ओतने माहिर हउवन. ई फेर देखे के मिलल ‘दौलत की जंग’ फिलिम के डबिंग करत घरी. सीन में गोली लागल अपना भाई के उठा के रोए के रहे. एह डबिंग करत घरी विराज भट्ट अतना इमोशनल हो गइलन कि सचहू रोवे लगलन.

निर्माता धुपेन्द्र भगत बतवलन कि उनुका अइसन ना लागल रहे कि डबिंग करत घरी विराज भट्ट अतना भावुक हो जइहन आ रो पड़ीहे. एह दौरान निर्देशक रत्नेशो सिन्हा बहुते भावुक हो गइलन. तब कार्यकारी निर्माता राजा शा थोड़ देर ला डबिंग रोक दिहलन.

विराज भट्ट आ अक्षरा सिंह के मुख्य जोड़ी वाली ई फिलिम ‘दौलत की जंग’ रिलीज के पहिलही से चरचा में आ गइल बिया.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।