एंजल वाली ‘नेहा’ आ वेब वाला ‘कल्लू’ एके संगे फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ में
-

NehaShree-Kallu
राजस्थानी सिनेस्टार अभिनेत्री आ एंजल म्यूजिक कंपनी के ब्रांड अम्बेसडर नेहा श्री अउर वेब म्यूजिक कंपनी के स्टार गायक आ नायक अरविन्द अकेला कल्लू एक साथे पहिला बेर एह नायिका प्रधान फिलिम में नजर आवे वाला बाड़े.

मैनास प्रोडक्शन के बैनर में बनत निर्माता हलचल सिंह के फिलिम ‘सजना मंगिया सजाई द हमार’ के डबिंग पूरा हो गइल बा. एहमें मुख्य कलाकारन में नेहा श्री, अरविन्द अकेला कल्लूजी, अर्चना सिंह, रविराज दीपू, मनोज सिंह टाईगर, बालेश्वर सिंह, सी पी भट्ट, अमित कुमार, प्रीति सिंह, शफीक रंगरेज़, उमेश सिंह, सुनीता शर्मा, चन्दन कश्यप आ सुरेन्द्र पाल शामिल बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

0 Comments

Recent Posts