दिलदार सांवरिया यश अब गायक बनले

Yash-singerबहुचर्चित फिलिम “दिलदार सांवरिया” से भोजपुरी फिल्म जगत में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करावे वाला अभिनेता यश कुमार के गानो सुने के मौका मिले वाला बा भोजपुरिया दर्शकन के.
हाल ही में निर्देशक फरोग अहमद सिद्दीकी के फिलिम ला यश आपन गाना रिकार्ड करवले. तन्वी मल्टी मीडिया के बैनर तले बने जात एह फिलिम के निर्माता हउवें. दीपक शाह. संगीत आ गीत विनय बिहारी के ह.
यश कहले कि पहिले ऊ शौकिया गावत रहले. अपना दुसरका फिलिम “राजा जी आई लव यू” के शूटिंग घरी निर्देशक विनय बिहारी उनकर आवाज़ सुनले त एगो गाना गावे के कह दिहले. आ मौका मिलल फरोग सिद्दीकी के एह अबही ले अनाम फिलिम से.
एह फिलिम में अंजना सिंह, मोनालिसा, प्रिया शर्मा, अवधेश मिश्रा आ संजय पाण्डेय वगैरह कलाकार बाड़े.
बहरहाल अभिनय से गायन के क्षेत्र में डेग धरे वाला यश के पूरा भरोसा बा कि सुनहु वाला उनका के ओतने पसंद करीहें जतना देखे वाला करेलें.


(उदय भगत)

1 Comment

  1. राना रंजीत बासु

    सब गायक से हिरो बनले अउरी आप हिरो से गायक ई उल्टी गंगा काहेँ बहल।08896125767



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।