फाँसी के फैसला पर फदफाइल गृह मंत्रालय से नाराज बाड़ें राष्ट्रपति

अपना सात महीना का कार्यकाल में सात जने के फाँसी सकार चुकल राष्ट्रपति का सोझा जब फेर पाँच गो अपराधियन के फाँसी सकार लेबे के फाइल पेश भइल त राष्ठ्रपति आपन नाराजगी जता दिहलन. उनुका एह बात से शिकायत बा कि अचनक गृह मंत्रालय एह मुद्दा पर अतना फदफदा काहे गइल बा कि लगातार एक का बाद एक सलाह दिहले जात बा फाँसी सकार लेबे के.

एही बीच राजीव गाँधी के हत्यारन के फाँसी के सजा सुनावे वाला सुप्रीम कोर्ट पीठ के अध्यक्ष रहल जस्टिस केटी थॉमस कह दिहले कि अब ओहनी के फाँसी लटकावल संविधान का हिसाब से गलत होखी. कहलन कि ओह घरी फाँसी के सजा सुनावे से पहिले एह आरोपियन के व्यवहार आ चाल चलन पर विचार ना कइले रहुवे. दोसरे ई लोग अब ले बाइस साल जेल में बिता चुकल बा.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।