मगध विश्वविद्यालय छात्र संघ पर विद्यार्थी परिषद के कब्जा
-

अड़तीस साल बाद करावल चुनाव में मगध विश्वविद्यालय छात्र संघ के पाँचो प्रमुख पद पर अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद के उम्मीदवार जीत गइले. जदयू के छात्र संगठन के एको सीट ना मिलल. अध्यक्ष पद पर पीजी सेंटर के रामनन्दन कुमार, उपाध्यक्ष पद पर वाणिज्य महाविद्यालय के अमित कुमार, महासचिव पद पर एसएनएस कॉलेज के कुमार जितेन्द्र, संयुक्त सचिव पद पर गया कॉलेज के राहुल कुमार, आ कोषाध्यक्ष पर नवादा केएलएस कॉलेज के अमित कुमार जीत दर्ज कइले.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..