बीएचयू में अव हफ्ता में पाँचे दिन पढ़ावल जाई

बनारस हिन्दु विश्वविद्यालय के विद्वत परिषद अतवार का दिन भइल अपना बइठका में फैसला कइलसि कि अब से हफ्ता में पाँचे दिन पढ़ावल जाई आ शनिचर अउर अतवार का दिने छूट्टी रहल करी. साथ ही बाकी पाँच दिन एक एक घंटा अधिका कार्यावधि हो जाई.

एही बइठका में इहो तय भइल कि चिकित्सा विज्ञान संस्थान में दू गो नया विभाग खोलल जाई, डेंटल साइन्स में सीट बढ़ावल जाई, आ छात्र परिषद के नया विधान लागू कइल जाई. एह प्रस्तावन के अब कार्याकारिणी में राखल जाई जवना का अनुमोदन का बाद एकरा के लागू कर दिहल जाई.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..