बिहार सरकार भ्रष्टाचार का खिलाफ लड़ाई में सबले आगे

राजग संयोजक आ जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव केन्द्र सरकार से लोकपाल विधेयक ले आवे के माँग कइले बाड़न आ अन्ना हजारे के आन्दोलन के आपन समर्थन दिहले बाड़न. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि भठियारन से निबटे खातिर कड़ेर कानून के जरुरत बा जवना से कि भठियारन के तेजी से सजा दिआवल जा सके. कहलन कि बिहार में हमनी का भठियरपन का खिलाफ कड़ा कदम उठवले बानी जा आ भठियारन के नाजायज संपति जब्त कइल जा रहल बा. सुशील मोदी भठियरपन से लड़ल बिहार सरकार के प्राथमिकता बतवले बाड़न.

मशहूर जन नायक अन्ना हजारे आजु से दिल्ली में अनशन पर बइठल बाड़े. उनकर माँग बा कि लोकपाल विधेयक के प्रावधान कड़ा होखे के चाहीं आ एकरा बनावे में आमजनता के बुद्धिजीवियन के शामिल करे के चाहीं. सरकारी अफसरान आ नेता जवन कानून बनइहें तवना में जानबूझ के अतना लोचा छोड़ दीहें कि कानून कवनो काम के ना रहि जाई. हजारे के कहना बा कि जब बहुतेरे घोटाला में शरद पवार के नाम आ रहल बा त उनुके नेतृत्व में बने वाला विधेयक कइसे असरदार हो पाई ?

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *