चइत नवरात्र सोमार से शुरु हो रहल बा
-

चइत महिना वाला नवरात्र सोमार ४ अप्रेल से शुरु हो रहल बा आ शुरु हो रहल बा विक्रमी संवत २०६८. देश के सगरी शक्तिपीठन पर काल्हु से होखे वाला नवरात्र पूजा के तइयारी चल रहल बा. मिर्जापुर के विंध्याचल, गोरखपुर के तरकुलहा देवी मंदिर, महाराजगंज के लेहड़ा देवी मंदिर, थावे के देवी मंदिर आ आमी के मंदिर पर भक्तन के काल्हु से बड़हन भीड़ जुटी आ लोग श्रद्धा भाव से देवी अर्चना करी. एही नवरात में चइती छठ आ श्रीरामनवमीओ पड़ी.

0 Comments

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..