भोजपुरी नायिका पाखी हेगड़े अब मराठीओ फिलिम में

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ अवल्ल अदाकारा पाखी हेगड़े अब मराठीओ फिलिम में अभिनय करत बाड़ी. मशहूर मराठी निर्देशक राजू परसेकर के फिलिम ‘बातमी’ में पाखी मुख्य नायिका बाड़ी. साथ में बाड़ें मराठी के दिग्गज कलाकार महेश मांजरेकर, भरत जाधव अउर सयाजी शिंदे.

पाखी एह फिलिम में एगो घरेलू मेहरारू बनल बाड़ी जवना पर अछरंग लगा के ओकरा से नाजायज फायदा लिहल जात बा, साईं सागर फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले एकर निर्माण शंकर मितकारी, प्रीतम गुप्ता आ राम गुगले करत बाड़ें.

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े अपना पहिला मराठी फिल्म से बहुते उछाह में बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।