भोजपुरी नायिका पाखी हेगड़े अब मराठीओ फिलिम में

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ अवल्ल अदाकारा पाखी हेगड़े अब मराठीओ फिलिम में अभिनय करत बाड़ी. मशहूर मराठी निर्देशक राजू परसेकर के फिलिम ‘बातमी’ में पाखी मुख्य नायिका बाड़ी. साथ में बाड़ें मराठी के दिग्गज कलाकार महेश मांजरेकर, भरत जाधव अउर सयाजी शिंदे.

पाखी एह फिलिम में एगो घरेलू मेहरारू बनल बाड़ी जवना पर अछरंग लगा के ओकरा से नाजायज फायदा लिहल जात बा, साईं सागर फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले एकर निर्माण शंकर मितकारी, प्रीतम गुप्ता आ राम गुगले करत बाड़ें.

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े अपना पहिला मराठी फिल्म से बहुते उछाह में बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..