‘बिहारी’ निरहुआ के जलवे जलवा चलत बा
-

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के फिलिम ‘एक बिहारी सौ पे भारी’ पिछला शुक का दिने बिहार में रिलीज भइत त निरहुआ के जलवा देखे लायक रहल. निरहुआ अभिनीत एह फिल्म के बिहार के 55 से अधिका सिनेमाघरन में शानदार ओपनिंग मिलल. बहचर्चित हिंदी फिलिम ‘एक था टाईगर’ जइसन फिलिम का सोझा आ रमजान के आखिरी जुमा रहला का बावजूद एह फिलिम के शानदार ओपनिंग मिलल.

एह फिलिम में निरहुआ बिहारी युवक बनल बाड़ें आ उनकर बोलल संवाद ‘बिहारी मतलब बगावत की चिंगारी’ आ ‘जईसन लकड़ी वईसन आरी, दुश्मन के घर में घुसके मारी, एक बिहारी सौ पे भारी’ पर दर्शकन के ताली खूब बाजत बा. उनकर एक्शन सीन आ संवाद अदायगी हमेशा का तरह दर्शकन के बहुते पसंद आवत बा.

जगदीश शर्मा निर्देर्शित एह फिलिम में निरहुआ संगे दू गो हसीन अदाकारा बाड़ी अंजना सिंह आ अक्षरा सिंह.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts