खेसारीलाल आ स्मृति के सुपरहिट जोडी के ‘लाल दुपटटा मलमल का’
-

भोजपुरी के नयका स्टार नायक खेसारीलाल यादव आ स्टार नायिका स्मृति सिन्हा के सुपरहिट जोड़ी फेरू एक हाली भोजपुरी परदा पर धमाल मचाई‘साजन चले ससुराल’ आ ‘देवरा पे मनवा डोले’ जइसन सुपरहिट फिल्म देबे वाली एह जोड़ी के दीदार दर्शक श्रीमती रमादेवी प्रोडक्शन के बैनर तले बनत ‘हवा में उड़ता जाये लाल दुपट्टा मलमल का’ फिलिम में करीहें.

निर्माता अनिल सिंह आ लेखक, संगीतकार अउर निर्देशक अशोक कुमार दीप के एह फिल्म में खेसारी-स्मृति के प्रेमी जोड़ी पर एक से बढ़ के एक मीठ गीत आ बेहतरीन सीन फिलिमावल गइल बा. नाग नागिन का रूपो में एह लोग पर एगो खास गीत बा एह दुनु पर.

साथी कलाकारन में अपूर्वा, अयाज खान, प्रकाश जैस आ समर्थ चतुर्वेदी के नाम बा. सह-निर्माता बाड़ें अविनाश सिंह.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts