मनोज पाण्डेय के फिलिम ‘खोंईछा‘ के मुर्हूत धूमधाम से भइल
-

एल.के. प्रोडक्शन के भोजपुरी फिल्म ‘खोंईछा’ के मुहुर्त पिछला दिने धूम-धाम से अंधेरी म्हाडा में कुमार शानू के सना स्टूडियो में निर्माता कृष्णेश्वर शर्मा के हाथे नारियल तुड़वा के करावल गइल. एह मौका पर गीतकार राकेश निराला के लिखल गीत संगीतकार राकेश त्रिवेदी के संगीत में गायिका इन्दू सोनाली के आवाज में रिकार्ड करावल गइल.

निर्माता कृष्णेश्वर शर्मा बतवलें कि एह महिला प्रधान फिल्म के नायिका खोजल जात बाड़ी. नायकन में पहिला बेर एक्शन किंग मनोज पाण्डेय आ गायक सकल बलमुआ एक साथे परदा पर नजर अइहें. एह फिलिम में कुल आठ गो गाना बा जवना के रिकार्डिंग होखत बा.

लेखक-निर्माता कृष्णेश्वर शर्मा, निर्देशक जितेन्द्र कु. सुमन, गीतकार जितेन्द्र कु. सुमन, राकेश निराला, आ कृष्णेश्वर शर्मा, संगीतकार राकेश त्रिवेदी, छायांकन शिवा चौधरी आ सह निर्माता ललिता शर्मा हउवी.

कलाकारन में मनोज पाण्डेय, सकल बलमुआ, भारतेन्दु भूषण, पल्लवी, स्वीटी, श्वेता यादव, लवी, विदीशा, कौशल, कुंवर, सुमिता देवी, गुंजन सिंहा, ललिता शर्मा वगैरह खास रहीहें.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts