अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के जोड़ी फेरू लउकी बाबूजी में
-

चर्चित भोजपुरी अदाकारा अक्षरा सिंह अब भोजपुरी फिल्म ‘बाबूजी’ में बतौर नायिका नज़र अइहें नायक खेसारीलाल यादव संगे. एह फिल्म के निर्माता हउवें संजय. एकरे अलावे अक्षरा सिंह खेसारी लाल यादव संगे एगो अउर फिलिम करत बाड़ी जवना के निर्माता हउवें अनंजय रघुराज अउर अनिल सम्राट आ निर्देशक हउवें सुशील उपाध्याय.

बतावत चलीं कि आवे वाला दिन में अक्षरा सिंह के जादू बरक़रार रहे वाला बा. हालही में उनुकर ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ रिलीज हो चुकल बा त हैदर काजमी संग वाली फिल्म ‘कालिया’ रिलीज होखे वाली बा. ‘बजरंग’ अपना सफलता के डंका बजावते बा.

‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन के नायिका बनके अपना कैरियर के शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आजु हर बड़का स्टार संगे फिलिम करत बाड़ी. हैदर काजमी साथे ‘बिगुल’ आ निर्देशक राजकुमार पांडे के ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में अक्षरा नायिका बाड़ी. साथ ही फिल्म ‘बांके बिहारी’ ओ में नजर अइहें.

सुपर स्टार रवि किशन संगे चार गो फिलिम, ‘सत्यमेव जयते’, ‘रामपुर का लक्ष्मण’, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ आ ‘हमार देवदास’ दे चुकल अक्षरा सिंह ठेठ बिहारी हई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts