शेख अब्दुल्ला आ नेहरू समझौता सामने आवे के चाहीं

सपा के आजम खाँ काल्हु इटावा में कहलें कि समय आ गइल बा कि नेहरू अब्दुल्ला समझौता सार्वजनिक कर दिहल जाव. लोग के मालूम पड़े के चाहीं कि झगड़ा के जड़ का बा. कुछ दिन पहिले आजम खाँ कहले रहलें कि कांग्रेस के पूरा देश से कवनो मुसलमान ना मिलल मंत्री बनावे खातिर त काश्मीर के गुलाम नबी आजाद के मंत्री बनावल गइल. आजु जोड़लन कि गुलाम नबी मुसलमानन के नेता ना हउवन ना हो सकेलें, कांग्रेस पर मुसलमानन से धोखाधड़ी के आरोप लगावत आजम खाँ कहलें कि सच्चर कमिटी के रिपोर्ट आजु ले लागू ना हो सकल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..