घोटाला के पइसा सोनिया के मिलल बा
-

जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी काल्हु आगरा में कहलें कि टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला से मिलल रुपिया में से सैकड़े साठ सोनिया गाँधी के मिलल बा जवन कि विदेशी बैंकन में जमा बा. कुछ हिस्सा करुणानिधि के मिलल बा. सोनिया गाँधी आपन धन अॡना दू गो बहिन का नाम से जमा करवले बाड़े. स्वामी का हिसाब से ए॰ राजा त कठपुतली भर रहलें आ उनुका के सैकड़े दसे मिलल बा. एह सब का बावजूद स्वामी के राय बा कि मनमोहन सिंह के प्रधानमंत्री बनल रहे के चाहीं ना त सोनिया गाँधी पीएम बन जइहें जवन देश खातिर खराब होखी. स्वामी त अइसन बतियवले बाड़न कि बुझात बा मुंशी उहे रहलें आ सगरी के हिसाब किताब उनुके लगे बा. शायद स्वामी के विश्चसनीयता संदिग्ध मान के कांग्रेसो उनका बयान पर बिफरल नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts