तस्करी के गाँजा बेच दिहला का आरोप में कस्टम अधिकारी गिरफ्तार
-

काल्हु अतवार के राति अगमकुआं पुलसि सेन्ट्रल कस्टम के इंस्पेक्टर, हवलदार, आ सिपाही समेत पाँच लोग के गाँधी सेतु पर से गिरफ्तार कर लिहले बिया. ओह लोग पर एगो तस्कर आरोप लगवले बा कि ओकरा ट्रक से कस्टम अधिकारी गाँजा के तीस गो बोरा पकड़लें आ ओकरा के बेच दिहले. एकरा बाद ऊ ओह गाड़ीवाला से सौदेबाजी करे के चाहत बाड़े. पुलिस के लागल कि ऊ नकली अधिकारी होखिहन सँ बाकिर गिरफ्तारी का बाद पता चलल कि ऊ असलौ कस्टम अधिकारी हउवें. पुलिस ओह लोग के हिरासत में ले के पूछताछ करी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts