समाज के दुगोला करे में लागल बिया भाजपा : कहलन राहुल

नयी दिल्ली,08 मार्च (वार्ता). कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी आजु आरोप लगवलन कि भारतीय जनता पार्टी समाज के बांटिके देश में दुगोला माहौल बनावे में लागल बिया.

कांग्रेस संचार विभाग एहिजा जारी एगो बयान में कहलसि कि राहुल गांधी सिंगापुर आ मलेशिया के तीन दिन के यात्रा के पहिलका दिने आजु सिंगापुर के कंपनियन में काम करत भारतीय मूल के माथ अधिकारियन के संबोधित करत भाजपा पर तीताह हमला कइलें आ कहलन कि ऊ समाज के दुगोला बनावे के राजनीति करत बिया. भाजपा के ई कोशिश खतरनाक बाति बा आ एहसे देश का सोझा गंभीराह चुनौती पैदा होखी.

ऊ कहलन कि कांग्रेस हमेशा समाज में संतुलन बनावे ला काम करत आइल बिया बाकिर भाजपा एकरा ठीक उल्टा काम करत बिया. ओकरा समाज में शांति आ भाईचारा बनवले राखे के कवनो फिकिर नइखे. कांग्रेस मानत बाया कि समाज के बांटे ला दुगोला करे के राजनीति खतरनाक बा. ऊ देश के गँवई इलाकन से होखत बड़हन पलायनो पर आपन चिंता जतावत कहलें कि ई देश का सोझा बड़हन चुनौती बा.

राहुल गांधी अपना एह यात्रा के कार्यक्रमन के जानकारी ट्वीटत कहलन कि अगिला तीन दिन में ऊ सिंगापुर आ मलेशिया में भारतीय समुदाय के लोगन, उद्योगपतियन आ इंडियन ओवरसीज कांग्रेस के प्रतिनिधियन से मिलिहें. सिंगापुर के प्रधानमंत्री पी सेन लुंग आ मलेशिया के प्रधानमंत्री नजीब रजाक से मिलहु के उनुकर प्लान बा.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।