आगि लगा के तापल चाहत बाड़ी जमालो
-


पटना 08 मार्च. आंध्र प्रदेश के विशेष राज्य के दर्जा ना मिलला से तेलुगू देशम पार्टी के मोदी सरकार से बगावत चारा घोटाला में जेल के सजा काटत लालू के उपदेश देबे के मौका दे दिहलसि.

जेल में बन्द लालू प्रसाद के ट्विटर हैंडल से ट्वीट कइल गइल बा कि – नीतीशो अपना बॉस से बिहार खातिर विशेष दर्जा काहे नइखन मांगत ? मार्च 2014 में मुजफ्फरपुर में भइल एगो चुनावी रैली में ओह घरी भाजपा के प्रधानमंत्री पद के उम्मीदवार आ अब देश के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी वादा कइले रहलें कि बिहार के विशेष राज्य के दर्जा दीहें.

नीतीश के चाहीं कि ओह भाषण के रिकॉर्डिंग प्रधानमंत्री के सुनावसु बाकिर अपना निजी फायदा खातिर नीतीश बिहार के जायज मांग तज दिहले बाड़न.

बडे़ मियाँ तो बड़े मियाँ, छोटे मियाँ सुभान अल्लाह – का तर्ज पर लालू पूत आ बिहार के उप मुख्यमंत्री रह चुकल तेजस्वीओ यादव ट्विटले बाड़न कि अगर प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी बिहार के विशेष दर्जे देबे के जायज मांग नइखन सकारत त नीतीश जी के अंतरात्मा के आवाज़ पर तुरते इस्तीफ़ा देके राजग से गठबंधन तोड़ लेबे के चाहीं.
कुछ त हिम्मत देखाईं चाचा जी.
हम एह मांग पर साथे बानी.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts