फारूक टकला गिरफ्तार, दुबई से मुंबई ले आवल गइल
-

नयी दिल्ली 08 मार्च (वार्ता). अंडरवर्ल्ड सरगना दाऊद इब्राहिम के करीबी आ साल 1993 के मुंबई बम धमाकन के आरोपी मुश्ताक मोहम्मद फारूक उर्फ फारूक टकला के दुबई से गिरफ्तार क के आजु मुंबई ले आवल गइल बा.
केन्द्रीय जांच ब्यूरो के सूत्र एह खबर के पुष्टि करत बाड़ें.
बतावल गइल कि फारूक टकला के एयर इंडिया के फ्लाइट से सबेरे मुंबई ले आवल गइल. ओकरा के आजुए मुंबई में विशेष अदालत का सोझा पेय़ कइल जाई. फारूक टकला बरीस 1993 में मुंबई में भइल श्रृंखलाबद्ध बम धमाकन का बाद देश से फरार हो गइल रहुवे. ओकरा खिलाफ साल 1995 में रेड कॉर्नर नोटिस जारी कइल गइल रहुवे.
फारूक टकला का खिलाफ हत्या, फिरौती आ आतंकवादी गतिविधियन में शामिल होखे के आरोप बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts