सरकारी कर्मचारियन ला नीमन दिन आवत बा

सातवां वेतन आयोग के सिफारिश में केन्द्र सरकार के पचास लाख कर्मचारियन खाति खुशखबरी आवे वाला बा आ ओह लोग के वेतन में पन्द्रह फीसदी के बढ़ोतरी हो सकेला. एकरा से पेंशन उठावे वाला लोगो के फायदा होखे वाला बा. सातवां वेतन आयोग के रपट 19 नवंबर के सरकार के दीहल जाए के उमेद बा.
अधिका उमेद बा कि केन्द्र सरकार एह आयोग के सुझाव मान ली आ 1 जनवरी 2016 से एकर लाभ मिलल शुरु हो जाई. इहो बतावल जात बा कि रिटायर होखे के उमिर में कवनो तरह के बदलाव करे के सुझाव नइखे देबे जात वेतन आयोग.
एक बेर केन्द्रीय कर्मचारियन के तनखाह बढ़ल त राज्य सरकार के कर्मचारियनो के तनखाह बढ़े बढ़ावे के राह खुल जाई आ ओहू लोग के नीमन दिन आवे के उमेद बन जाई.

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।