सोमार दुपहरिया के फटफटिया खबर
-

हैदराबाद के एगो निजी स्कूल के पाँच बरीस के छात्रा स्कूल के लिफ्ट में अझुरा के मरल. ओकर मूड़ि लिफ्ट का दरवाजा का बीचे फँस गइल रहुवे.

फ्रांस के राष्ट्रपति फ्रांस्वा ओलांद सोमार का दिने फ्रांस के संसद के संबोधित करत कहलन कि शुक का दिने के पेरिस में भइल इस्लामी आतंकी हमला फ्रांस का खिलाफ युद्ध मानल जाई आ फ्रांस ओकरे हिसाब से इस्लामिक स्टेट के अइसन तबाह बरबाद कर दी कि फेरू ओकरा हिम्मत ना होखी फ्रांस पर हमला करे के.

इस्लामी स्टेट के खतरा भारतो पर भरपूर बा बाकिर एहिजा के मीडिया त मीडिया गृह मंत्री राजनाथ सिंह के हिम्मत नइखे होखत ओकरा के नाम से बोलावे के आ कोडवर्ट में आइसिस कह के काम चलावत बा लोग. देश के राजनीति के इहे दुर्दशा वाला हालात बतावत बा कि इस्लामिक स्टेट के खतरा हिन्दुस्तान पर कतना बा.

बिहार के बेगूसराय में आजु मंगल का दिने एगो बेकाबू ट्रक छह जने के कचारत भाग निकलल. एह में से तीन जने के मौत हो गइल बा आ तीन जने बहुते घवाहिल भइल बाड़ें.

बिहार में आजु सगरी छठी मईया के गीत गूंजत बा. प्रशासन के पूरा कोशिश बा कि एह महापर्व पर कवनो आतंकी नजर मत पड़ो आ सबकुछ सकुशल बीत जाव.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts