उत्तरो प्रदेश में मोदी का भरोसे चुनाव लड़ी भाजपा
-

बिहार में मिलल हार का बावजूद भाजपा यूपी जीते के सपना देखल छोड़ले नइखे. ओकरा लागत बा कि यूपी में बिहार जइसन गठबन्हन बनावल आसान नइखे. भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष आ यूपी प्रभारी ओम प्रकाश माथुर सोमार का दिने ई बात कहलन. कहलन कि चुनाव सामूहिक नेतृत्व में लड़ी भाजपा.
कहलन कि भाजपा लांग टर्म के राजनीति करेले आ शार्ट टर्म के हार जीत से ओकरा इरादा में कवनो फेर बदल ना होखे. कहलन कि बिहारे जइसन समाज एहिजो बा बाकिर हर जगहा के हालात अलग अलग होला.
माथुर के कहना रहुवे कि बिहार चुनाव के यूपी से जोड़े के काम राजनीतिक गोलन से अधिका मीडिया में होखत बा आ एक दू महीना में ई अपने आप खतम हो जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts