विहिप नेता अशोक सिंहल के गंगालाभ
-

AshokSinghal
विश्व हिन्दू परिषद के संरक्षक आ अंतर्राष्ट्रीय अध्यक्ष अशोक सिंहल के आजु उपरी बेरा दिल्ली के मेदांता अस्पताल में निधन हो गइल जहाँ बियफे का दिने उनुका के भरती करावल गइल रहुवे.
अशोक सिंहल के निधन पर शोक जतावत पीएम मोदी ट्वीट कइले बाड़न कि अशोक सिंहल के गंगालाभ उनुका ला निजी दुख का तरह बा काहे कि उनुकर आशीष आ मार्गदर्शन दुनू मिलल करत रहुवे मोदी के. पीएम कहलन कि अशोक सिंहल के जीवन देश सेवा खातिर समर्पित रहुवे आ ऊ हमेशा गरीबन ला, समाज ला, आ नवहियन ला काम करत रहीं.
89 बरीस के अशोक सिंहल के साँस के परेशानी रहुवे जवना चलते 20 अक्टूबर के तबियत खराब भइला का बाद मेदांता अस्पताल ले आवल गइल रहुवे.
अशोक सिंहल रामजन्म भूमि आन्दोलन के प्रमुख नेता रहनी आ सगरी हिन्दू समाज ला ई दुख के बात बा कि हिन्दू हित के एगो बड़हन योद्धा अब हमहन के बीच ना रह गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts