हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस करीहें भोजपुरी फिल्म में अभिनय

हैरी पोर्टर अउर स्टार वार के किरदार अब भोजपुरी में बोली

हैरी पोटर, स्टार वार्स समेत अनेके हॉलीवुड फिलिमन मं अपना अभिनय खातिर दुनिया भर में चर्चित हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस अब भोजपुरी सिनेमा में काम करे वाला बाड़ें. पिछला दिने वार्विक डेविस भारत के खुशी क्रियेशंस एण्ड कम्यूनिकेशन अउर हांगकांग के सिटी इंटरटेनमेंट लिमिटेड के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ में काम करे के सहमति दिहले बाड़ें.

एह भोजपुरी फिल्म ‘चिंगारी’ के निर्माता हउवें श्रेय श्रीवास्तव आ निर्देशन करीहें मशहूर निर्देशक के.डी. फिल्म के शूटिंग भारत में कइल जाई आ एह खातिर वार्विक जल्दिए भारत अइहें. फिल्म के निर्माता श्रेय श्रीवास्तव के कहना बा कि हॉलीवुड स्टार वार्विक डेविस के भूमिका लोग के चउँका के रख दी. हमेशा कुछ अलग करे आ भोजपुरी सिनेमा में बदलाव लावे का दिशाईं ई कदम उठावल गइल बा.

एह फिल्म के कैमरामैन रहीहें मनोज कुमार, कहानी आ पटकथा खुद श्रेय श्रीवास्तव के लिखल ह, जबकि संवाद वीरेन्द्र पाठक के. संगीत दीहें वैष्णव देवा आ नरजिस म्यूजिक संगीत जारी करी. फिल्म के कलाकारन में रानी चटर्जी, सुशील सिंह, श्वेता हलदर, प्रकाश अवस्थी, दीपा सिंह आ खुद श्रेय श्रीवास्तव के मुख्य भूमिका रही. साथ में रहीहें प्रकाश जैस, सिकंदर खान, राजीव वशिष्ठ, कौशल, गौरी शंकर, आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।