29 जून से बिहार में ‘रंगबाज राजा’ के जलवा रही
-

रंगबाज राजा में पवन सिंह

वेस्ट विंड फिल्म कंपनी के पेशकश ‘रंगबाज राजा’ के प्रदर्शन बिहार के सिनेमाघरन में 29 जून से कइल जात बा. भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह के शानदार अभिनय से सजल निर्माता भुपेश्वर त्यागी आ निर्देशक अरविन्द चौबे के एह फिल्म में पवन सिंह का साथे उर्वशी चौधरी, संगीता तिवारी, बृजेश त्रिपाठी, जय सिंह के प्रमुख भूमिका बा.

एह फिल्म में पवन सिंह गाँव के एगो अइसन नवही का भूमिका में बाड़न जे गाँव में होखत अत्याचार के खात्मा करत बा. फिल्म के संगीतकार मधुकर आनंद हउवें. निर्माता भुपेश्वर त्यागी के कहना बा कि दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी ‘रंगबाज राजा’.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts