Month: July 2013

आरा छपरा गोपालगंज बलिया में बाढ़ के प्रकोप

डोरीगंज इलाका के बड़हरा महाजी के आधा दर्जन गांवन में शनिचर का दिने बाढ़ के पानी घुस गइल बा. मुस्सेपुर पंचायत के मेहला टोला गांव के सम्पर्क सड़क से एक दम टूट गइल बा. अनेसा बा कि देर रात ले दियरा के कोटवापट्टी रामपुर आ रायपुर...

Read More

गोपालगंज के व्यापारी के अपहरणकरे वाला छोड़ दिहले

पिछला दिने गोपालगंज के कपड़ा व्यापारी नितेश टिबडेवाल शनिचर का दिने खुदे बेतिया थाना जा के अपना रिहाई के जानकारी दिहलें. पुलिस के कहना बा कि दबिश से परेशान हो के अपहरणकरे वाला एह व्यापारी के छोड़ दिहले. बतावल जात बा कि छोड़े खातिर...

Read More

सिवान कचहरी में बम के अफवाह से अफरातफरी

शनिचर का दिने सिवान कचहरी में ओह समय अफरातफरी मच गइल जब मुख्य न्यायिक दंडाधिकारी के कोर्ट का लगे बम होखे के खबर पसर गइल. आनन फानन में पुलिस पूरा इलाका के अपना घेरा में ले लिहलसि आ मुजफ्फपुर से बम निरोधक दस्ता बोला लिहल गइल....

Read More

भोजपुर के बरघरा में चाचा के हत्या में भतीजा पकड़ाइल

भोजपुर जिला के आयर इलाका के बरघरा गांव पिछला दिने जयराम सिंह नाम के आदमी के हत्या भइल रहे. एह मामिला में पुलिस मराइल आदमी के भतीजा आ ओकरा एगो संघतिया के पकड़ लिहले बिया. हत्या में इस्तेमाल चाकूओ बरामद भइल बा आ ऊ भतीजा आपन कुसूरो...

Read More

दाउदपुर मिसिर टोला में दू गो लइकियन के पोखरा में डूबला से मौत

सारण जिला के दाउदपुर इलाका के नसीरा पंचायत के मिसिर टोला में दू गो लइकी शुक का दिने पोखरा में डूब गइली सँ. बाद में दुनु के लाश गाँव वाले बाहर निकललें. मौका पर आइल पुलिस दुनु लाश के पोस्टमार्टम करावे खातिर ले के चल...

Read More

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।